पंकज केसरी कइले प्यार जिन्दाबाद
-

भोजपुरी सिनेमा में जबरदस्त लोकप्रियता हासिल कइला का बाद पंकज केसरी अब साउथ के फिलिम करे में व्यस्त बाड़न. बतवलन कि तेलुगु के एगो फिलिम प्रेमा जिन्दाबाद में काम कर रहल बाड़न जवन कि एगो बेहतरीन प्रेमकथा हऽ. एगो गरीब नवजवान के एगो अमीरजादी से मुहब्बत हो जात बा. ई फिलिम भोजपुरियो में बनावल जा रहल बा जवना के नाम रही प्यार जिन्दाबाद.


साउथ में काम करे के अपना अनुभव का बारे में बतियावत पंकज केसरी कहले कि ओहिजा के लोग समय के बड़ा पाबन्द होला. ओहिजा काम करे के अगो अलगे रोमांचक अनुभव होला. सबेरे छवे सात बजे से शूटिंग के काम शूरु हो जाला. ओहिजा के तकनीशियन अवव्ल दरजा के होले. कहले कि ऊ त अपना के भाग्यशाली मानेले कि उनका साउथ का फिलिम में काम करे के मौका मिलल जहाँ निर्देशक से ले के कैमरा मैन तक, युनिट के हर सदस्त अपना काम में माहिर होला.

पंकज साउथ के एगो अउरी फिलिम में काम कर रहल बाड़े जवना के नाम बा, बी ग्रुप. ई एगो थ्रिलर फिल्म हऽ जवना के नायक सिस्टम का खिलाफ लड़त बा.

पुछनी कि अब का भोजपुरी फिलिम खातिर समय निकाल पायब त पंकह कहले कि बेशक. बतवले कि उनकर दर्जनो भोजपुरी फिलिम आवे वाली बाड़ी स. हीरो हीरालाल, तेजाब, त्रिनेत्र, नथुनिया पर गोली मारे, जुदाई वगैरह शामिल बा.


(स्रोत : खालिद)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts