पंकज सिंह उत्तर प्रदेश भाजपा के महामंत्री बनावल गइले

भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष राजनाथ सिंह के बेटा पंकज सिंह के प्रदेश भाजपा के महामंत्री बनावल गइल बा. कल्याण सिहं के बेटा राजवीर सिहं आ लालजी टंडन के बेटा गोपाल टंडन के प्रदेश उपाध्यक्ष बनावल गइल बा. उपाध्यक्षन के सूची में गोपाल टंडन, राजबीर सिंह, पूर्व मंत्री शिवप्रताप शुक्ल, हरद्वार दुबे, कृष्णा पासवान, अशोक कटारिया, सरिता भदौरिया आ साध्वी निरंजन ज्योति के नाम बा. राकेश कुमार जैन के महामंत्री संगठन पद पर बरकरार राखल गइल बा. महामंत्रियन में पंकज सिंह, रामनाथ कोविद, स्वतंत्र देव सिंह आ देवेन्द्र सिंह चौहान शामिल बाड़ें.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।