पटना विश्वविद्यालय छात्र संघ के चुनाव राजग खातिर संकट के संकेत

पटना विश्वविद्यालय छात्र संघ के चुनाव राजग खातिर संकट के संकेत

TV photo of Maithili Mrinalini, PUSU President, 2025

पिछला पखवारा भइल पटना विश्वविद्यालय छात्र संघ के चुनाव के जवन परिणाम आइल तवना से बिहार विधानसभा चुनाव के कवनो अनुमान निकालल मुश्किले ना बेवकूफी भरलो होखी. बाकिर जवन परिणाम आइल बा तवना के अगर राजग ला खतरा के संकेत मान लीहल जाव त बहुते गलतो ना कहाई.

एक जमाना से पटना विश्वविद्यालय छात्र संघ के चुनाव बिहार के राजनीति तापक्रम के थर्मामीटर जइसन होखत आइल बा. एगो लमहर सूची बनावल जा सकेला ओह नेतवन के जिनकर शुरुआत पटना विश्वविद्यालय छात्र संघ से भइल मानल जा सकेला. जइसे कि रामजतन सिन्हा, नरेन्द्र सिंह, लालू प्रसाद यादव, सुशील मोदी, अश्विनी कुमार चौेबे, रविशंकर प्रसाद वगैरह.

अब एह साल के चुनाव में पटना विश्वविद्यालय छात्र संघ के अध्यक्ष पद पर अखिल भारतीय विद्यार्थी परिषद के मैथिली मृणालिनी के जीत भइल बा जवन कि पटना विश्वविद्यालय छात्र संघ चुनाव के इतिहास में अजूबा बा. एकरा पहिले कवनो छात्रा के ई मौका नइखे मिलल.

मुंगेर से आवेवाली मैथिली मृणालिनी पटना वीमेंस कॉलेज के छात्रा हई. इनकर शुरुआती पढ़ाई राजस्थान में भइल रहल. मृणालिनी पढ़ाई का साथ ही खेल आ राजनीति हर क्षेत्र में रुचि राखेली. ताइक्वांडो चैंपियन रह चुकल मैथिली मृणालिनी 2022 में काउंसिलन पद के चुनावो जीतले रहली.

एह साल के चुनाव में कवनो राजनीतिक ध्रुवीकरण ना रहुवे. विद्यार्थी परिषद संघ के आनुसांगिक संगठनन में शामिल बावे. बाकिर छात्र संघ चुनाव में कांग्रेस के छात्र संगठन, बँवारा गोलन के छात्र संगठन आ लालू के राजद से जुड़ल छात्र अलगा अलगा चुनाव लड़लन. कांग्रेस एह बात से आपन सीना चौड़ा कर सकेले आ राहुल गांधी अपना टी शर्ट के एगो अउर बटन खोल के घूम सकेले कि एह चुनाव में एनएसयूआई के प्रदर्शन सबले बढ़िया रहल.

प्रशान्त किशोर के जन सुराज पार्टी से जुड़ल छात्रो एह चुनाव में आपन किस्मत अजमवले बाकिर कुछ हासिल ना कर पवलें. कांग्रेस एह बात के शिकायत कर सकेले कि अध्यक्ष पद पर ओकरा उम्मीदवार के मिलल हार राजद के उम्मीदवार का चलते मानल जा सकेला. एह पद पर हार के मार्जिन राजद के उम्मीदवार के मिलल वोट से कमे के रहुवे. हालांकि एनएसयूआई कई बरीस बाद पटना विश्वविद्यालय छात्र संघ के पांच खास पद में से दू गो पर जीत हासिल क देखवलसि. परिषद के उम्मीदवार बाकी चारो पद पर हार गइलें. पांच गो पद में से कांग्रेस के एनएसयूआई के उम्मीदवार रोहन सिंह संयुक्त सचिव पद पर आ सौम्या श्रीवास्तव कोषाध्यक्ष पद पर जीत हासिल कइली.

उपाध्यक्ष पद पर निर्दलीय उम्मीदवार धीरज कुमार आ महासचिव पद पर निर्दलीय सलोनी राज के जीत मिलल. पांच गो पद में से तीन गो पद पर छात्रा उम्मीदवारन के जीत मिलल बा.

0 Comments