पलायन के समस्या पर बिदेसिया

महुआ मीडिया प्रा. लि. आ यशी फिल्म्स प्रा. लि. के बैनर तले बनल ‘‘बिदेसिया’’ में पलायन के समस्या उठावल गइल बा. निर्माता अभय सिन्हा अउर महुआ मीडिया के एह फिल्म में देखावल गइल बा कि अपना राज्य में रोजगार के मौका ना मिले त लोग मजबूरन परदेस जइबे करी. फिल्म में राज्य सरकारन से अपने राज्य में बढ़िया आ सही रोजगार के अवसर बनावे के अपील कइल गइल बा. एह फिल्म में स्वरोजगारो के वकालत कइल गइल बा.

समहर मनोरंजन देबे वाली एह पारिवारिक भोजपुरी फिल्म ‘‘बिदेसिया’’ का पाछा महान भोजपुरी कलाकार भिखारी ठाकुर के नृत्य नाटिका “बिदेसिया” के प्रेरणा बा. एह फिल्म के नायक पइसा कमाए मुंबई जात बा. सुपरस्टार दिनेशलाल यादव ‘‘निरहुआ’’, पाखी आ नवोदित अदाकारा छवि पाण्डेय के एह फिल्म के प्रमुख कलाकार बाड़ी. साथ में विजय कुमार, माया यादव आ सुदेश कौल के भूमिको मजगर बा. गीतकार प्यारेलाल यादव अउर संतोष पुरी जबकि संगीतकार धनंजय मिश्रा हउवें. निर्देशन रंजन कु. सिंह के बा.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।