पहिले त रोकवावल चहली, अब नाम कमाइल चाहत बाड़ी
-

फूल बनल अंगार के निर्देशक फहीम ए खान के कहना बा कि फिल्म के प्रदर्शन रोकवावे खातिर पूरा कोशिश कइली आ एहमें से चार गो आयटम सांग सेंसर में पैरवी करवा के कटवा दिहली. फिल्म के रिलीज में बहुते फजीहत उठावे के पड़ल, इहाँ तक कि फहीम खान के जेल तक जाये पड़ गइल. बाकिर अब जब फिल्म सफल हो गइल बा त उहे रानी चटर्जी अब वाहवाही लूटे में लागल बाड़ी. मुंबई में जब नवरंग थियेटर में एकर प्रीमियर शो राखल गइल त सगरी कलाकार अइले आ सहयोग कइले बाकिर रानी चटर्जी ना आइल रही. फिल्म बिहार आ मुंबई में शान का साथ चल रहल बा.

फिल्म के कहानी कुछ अइसन बा कि गरीब फूलवा के इज्जति एक दिन गाँवे के ठाकुर लूट लेत बा. केस लिखवावे थाना चहुँपल फूलवा के इज्जति से पहिले थानेदार आ बाद में एसपी तक खेल लेत बाड़े. एही बीच थानेदार फूलवा के महतारी के मरवा देत बा. अकेली फूलवा के गाँव वाले गाँव से निकाल देत बाड़े त ऊ एगो डाकू धर्मा का गिरोह में शामिल हो जात बिया आ एक दिन अंगार बनि के अपना पर अत्याचार करे वालन पर टूट पड़त बिया. आ सभका से गिन गिन के बदला लेत बिया.

फिल्म फूल बनल अंगार के निर्माता विशाल तिवारी आ अभिषेक धारीवा, संगीतकार आ निर्देशक फहीम ए खान, लेखक शकील नियाजी, गीतकार पवन मिश्रा, मुनव्वर आजमी, आ एस कुमार, एक्शन मास्टर गब्बर सिंह, छायाकार श्यामल चतुर्वेदी, नृत्य निर्देशक रामदेवन आ संजय हउवे. फिल्म के मुख्य कलाकारन में रानी चटर्जी, विशाल तिवारी, बिपिन सिंह, दीपक भाटिया, गोपाल राय, सीपी भट्ट, पवन मिश्रा, सीमा सिंह, पुरुनिला राय, हरि शरण, मंजू तिवारी, आ नरेन्द्र पाण्डेय शामिल बाड़े.


(स्रोत – संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..