पाखी खातिर साल 2012 खास रहल
-

pakhiसिनेमा भोजपुरी के नं. 1 अदाकारा पाखी हेगड़े खातिर साल 2012 बहुते खास रहल. एहू साल पाखी एक से बढ़के एक फिलिम बॉक्स ऑफिस पर दिहली. साथही आपन इवेंट मैनेजमेंट कंपनी ‘सेनूर इंटरटेन्मेंट’ खोलिओ के चरचा बिटोरली पाखी.

पाखी हेगडे के एह साल ‘खून पसीना’, ‘बिदेसिया’, ‘भईया हमार दयावान’, ‘गंगादेवी’, अउर ‘रिक्शावाला आई लव यू’ प्रदर्शित भइली सँ. ई सगरी फिलिम बॉक्स ऑफिस पर निकहा माल कमइली स. फिलिम ‘गंगादेवी’ में पाखी के अभिनय के अमिताभ बच्चन बहुते सरहले. त ‘रिक्शावाला आई लव यू’ रिकार्डतोड़ बिजनेस कइलसि. एहके अलावे पाखी एह साल मराठीओ फिलिमन में काम शुरू कर दिहली आ उनुकार दू गो मराठी फिलिम ‘बातमी’ आ ‘गुलाबो’ सल २०१३ में सिनेमाघरन में धमाल मचावे ला तईयार बाड़ी सँ.

हाल फिलहाल पाखी सुपरस्टार पवन सिंह संगे भोजपुरी फिलिम ‘प्यार मोहब्बत जिन्दाबाद’ के शूटिंग में व्यस्त बाड़ी.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts