पाखी मनववली अपना अदाकारी के लोहा
-

भोजपुरी सिनेमा के सबले सफल आ महँग अदाकारा पाखी हेगडे हाल में रिलीज फिल्म दाग में अपना अभिनय के लोहा सबका से मनवा लिहले बाड़ी. एह फिल्म में ऊ निरहुआ के नायिका आ उनकर महतारीओ का रोल में बाड़ी. एह दू गो रोल में अलग अलग आयाम के किरदार कर के पाखी देखा दिहले बाड़ी कि चूनौतीदारो भूमिका ऊ बहुते बढ़िया से कर सकेली.


दाग में निरहुआ के महतारी का भूमिका में उनकर रोल एगो अइसन संघर्षशील महिला के बा जवन अपना उपर भइल अत्याचारन के बदला लेत बिया. एह भूमिका में पाखी के अभिनय के चारो तरफ बड़ाई हो रहल बा. साथ ही साथ एह फिल्म में उनकर नवयुवती वाली भूमिको मदमस्त करे वाली बा. एह फिल्म का बारे में खुद पाखी के कहनाम बा कि असली अदाकारा उहे होली जे हर तरह के भूमिका बढ़िया से कर सके. गुड़िया का तरह सज धज के मटके वाला रोल में अब मजा ना आवे उनका. कहली कि दाग फिल्म के ई रोल उनका बहुते चुनौती वाला लागल रहे आ अब दर्शक ओकरा के पसन्द करके पाखी के अफल अभिनेत्री साबित कर दिहले बाड़े.

पाखी के एह रोल के तुलना माधुरी दीक्षित के मृत्यदण्ड फिल्म के भूमिका आ मीनाक्षी शेषाद्री के दामिनी वाली भूमिका से कइल जा रहल बा.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त )

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts