पापी के पाप काहे गंगा धोए के संगीत मुहूर्त

पिछला दिने डा॰पी॰एन॰ फिल्म्स के प्रस्तुति पापी के पाप काहे गंगा धोए के संगीतमय मुहूर्त मुंबई का प्लेटेनियम स्टूडियो में संगीतकार सुजीत चौबे के निर्देशन में “मुन्नी बदनाम हुई” फेम गायिका ममता शर्मा का आवाज में एगो गीत रिकार्ड करा के कइल गइल. एह फिल्म के निर्माता डा॰ पी॰एन॰सिंह हउवें. कहानी आ गीतो उनकरे ह.

मुहूर्त का मौका पर भोजपुरी फिल्म जगत बहुते दिग्गज मौजूद रहलें. फिल्म के नायक अजय दीक्षित हउवें आ निर्देशक ब्रज भूषण. छायांकन त्रिलोकी चौधरी के, नृत्य निहाल सिंह के, कला गोल्डी के रही. मुख्य कलाकारन में अजय दीक्षित का साथे गुंजन कपूर, विजय खरे, रूपा सिंह, मास्टर अजीत, पिंकू श्रीवास्तव, त्यागी बाबा, रीमा, पूर्णिमा राय, निरुपमा श्री रहीहें.

फिल्म के शूटिंग २२ अक्टूबर से छपरा जिला के एकमा आ गंजपर गाँव में करावल जाई.

निर्देशक बतवले कि एगो साँच घटना पर आधारित एह फिल्म में लव,एक्शन, कामेडी सबकुछ बा.

बतावत चलीं कि एह फिल्म से पहिले अजय दीक्षित के “बेटवा बाहुबली” बिहार में सुपर हिट रहल रहे आ “नजरिया तोहसे लागी” ओ निकहा कमाई कइले रहुवे.


(स्रोत : संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।