पीएम पद के प्रत्याशी का बारे में फैसला १४ अप्रेल के
-

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहले बाड़न कि २०१४ में होखे वाला लोकसभा चुनाव खातिर एनडीए का ओर से पीएम पद के प्रत्याशी पर फैसला जदयू कार्यकारिणी के दिल्ली में होखे वाला बइठक बाद १४ अप्रेल ले कर लिहल जाई. जदयू कार्यकारिणी में फैसला होखी कि प्रत्याशी के नाम घोषित कइल चाहीं कि ना. बतवलन कि पिछला चुनाव एनडीए लालकृष्ण आडवाणी का नेतृत्व में लड़ले रहुवे बाकिर नेता चुनल भाजपा के अधिकार में बा एहसे एह बारे में कुछ बोलल ठीक ना कहाई.

0 Comments

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..