पुलिस इंसपेक्टर खेसारीलाल

Khesari-as-inspectorभोजपुरी सुपरस्टार खेसारीलाल यादव अब इंस्पेक्टर के भूमिका में लउकीहें. अभय सिन्हा-अजय श्रीवास्तव प्रोडक्शन्स के फिलिम ‘तेरे नाम’ में खेसारीलाल इंस्पेक्टर के भूमिका में बाड़न. फिलिम में इनकर शानदार एक्शनो बा.

किरदार का बारे में खेसारीलाल बतावत बाड़न कि हवलदार बाप के इंसपेक्टर बेटा सूरज बनल बाड़न. सूरज के प्यार एगो विधायक के बेटी से हो जात बा. संजोग कुछ अइसन बनत बा कि विधायक के हत्या के आरोप सूरज बनल खेसारीलाल पर लागत बा आ एह अछरंग से बरी हो के ऊ अपना बाप के सपना पूरावरत बाड़ें.

निर्माता अजय श्रीवास्तव आ विनय तिवारी के एह फिलिम में खेसारी लाल यादव का साथे मोनालिसा, नवोदित नमित तिवारी, गौरी शंकर, सत्यप्रकाश अउर राज प्रेमी के प्रमुख भूमिका बा. निर्देशक हउवें अजय श्रीवास्तव.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..