पुलिस बहाली के तइयारी में लागल नवही के बिछिलइला से मौत

वाराणसी जिला के सारनाथ इलाका में आजु पुलिस लाइन मैदान पर दौडत घरी एगो नवही बिछिला के गिर गइल जवना से ओकर मौत हो गइल.
पुलिस बतावत बिया कि सारनाथ के नई बस्ती इलाका के मंगरु यादव के बीस बरीस के बेटा गोलें यादव पुलिस बहाली खातिर अभ्यास करे पुलिस लाइन में दौड़ लगावत रहुवे. मैदान गील रहला का चलते दउड़त में उ बिछिला के गिर गइल जवना से ऊ घवाहिल हो गइल.
घवाहिल गोले यादव के अस्पताल ले जाइल गइल जहवाँ ओकर मौत हो गइल.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..