पूरब के बेटी वैष्णवी के ”जीना तेरी गली में“

Vaishnavi2साई दीप फिल्म्स के बैनर तले बनल भोजपुरी फिलिम ”जीना तेरी गली में“ 17 मई के रिलीज होखे वाली बा. एहमें एगो असरदार किरदार निभावे वाली वैष्णवी बिहार के छपरा से हई. पूरब के ई बेटी एह फिलिम का चलते एक बेर फेर से चरचा में बिया.

सीपीआई मूवीज के सुजीत तिवारी के प्रस्तुत कइल निर्देशक राजकुमार आर. पांडेय के एह फिलिम में राष्ट्रीय आ अंतर्राष्ट्रीय पुरस्कार पा चुकल पूरब के बेटी वैष्णवी फिल्म जगत में बहुते बड़ाई बिटोरत बाड़ी. एह फिलिम में वैष्णवी के अभिनय क्षमता के सभतर सराहल जात बा. फिलिम रिलीज होखे से पहिलही लोग कहे लागल बा कि वैष्णवी के अदाकारी उनका के बहुते आगे ले जाई.

वैष्णवी के मानल जाव त फिलिम रिलीज होखते धूम मचा दी.

वैष्णवी के बारे में अधिका जाने ला उनका वेबसाइट पर जाईं www.vaishnavi.webs.com


(मृत्युंजय कुमार त्रिपाठी, छपरा)

1 Comment

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *