पेस के विश्व रिकार्ड, भारत विश्व ग्रुप प्लेऑफ में


तियानजिन, 07 अप्रैल (वार्ता). चीन का खिलाफ हैरतअंगेज़ वापसी करत आजु शनिचर का दिने युगल आ दुनु रिवर्स एकल मैच जीतके भारत डेविस कप एशिया ओसनिया जोन ग्रुप एक के मुकाबला 3-2 से जीत लिहलसि आ लगातार पांचवा साल विश्व ग्रुप प्लेऑफ में जगह बना लिहलसि. जबकि 44 बरीस के पेस डेविस कप में सबले अधिका युगल मैच जीते के नया विश्व रिकार्ड बना दिहलन.
चीन में विपरीत हालात में भारत के ई जीत आ पेस के विश्व रिकार्ड भारत के डेविस कप इतिहास में सुनहुला अक्षरन में लिखा गइल. एकरा साथ ही चीन का खिलाफ भारत आपन डेविस कप 4-0 क लिहलसि.
पेस साल 2001 में चीन के हेवई में भारत के 3-2 से मिलल जीत में सूत्रधार रहलें आ आजु 17 बरीस बाद 2018 में मिलल 3-2 के जीतो में उनुकर अहम भूमिका रहल.
भारत नया फार्मेट में खेलल जात डेविस कप के पहिला दिने आपन दुनु एकल मैच हार कि संकट में फंस गइल रहुवे बाकिर अगिला दिने अनुभवी खिलाड़ियन – लिएंडर पेस अउर रोहन बोपन्ना – के जोड़ी अपना महत्वपूर्ण युगल मैच में जीतके भारत के मुकाबले में वापिस ले आ दिहलें.
पेस आ बोपन्ना के अनुभवी जोड़ी पहिला सेट हरला का बावजूद गज़ब के वापसी करत चीन के माओ शिन गोंग आ जी झांग के जोड़ी के 5-7, 7-6, 7-6 से हराके स्कोर 2-1 पर चहुंपा दिहलें. एकरा बाद रामकुमार रामनाथन चउथा मैच में वू दी के 7-6, 6-3 से हराके मुकाबले में 2-2 के बराबरी करा दिहलें. निर्णायक मैच में प्रजनेश गुणेश्वरन के सुमित नागल का जगह उतारे के गैर खिलाड़ी कप्तान महेश भूपति के फैसला सटीक बइठल आ प्रजनेश जूनियर यूएस ओपन चैंपियन रहल 18 बरीस के यीबिंग वू के 6-4, 6-2 से हराके जीत भारत का झोरी में डाल दिहलन. भारत एकरा साथे ई मुकाबला 3-2 से जीत लिहलसि.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।