‘प्यार कौनो खेल ना ह’ के शूटिंग बिहार में शुरू भइल

राकेश सिने मीडिया प्रा.लि. के बैनर तले बने जात भोजपुरी फिलिम ‘प्यार कवनो खेल ना ह‘ के शूटिंग एह घरी बिहार में चलत बा. एह फिलिम में सुपर स्टार गायक-नायक खेसारी लाल यादव गेस्ट अपेरियंस मे आइल बाड़े. फिलिम के गाना बहुते बढ़िया बनल बा. कुल एगारह गो गाना बाड़ी सँ जवना के खेसारी लाल यादव, विनोद राठौर, इन्दू सोनाली, खूश्बू जैन के आवाज में रिकार्ड करावल गइल बा.

निर्माता-निर्देशक राकेश कुमार, गीतकार महेश परदेशी, कृष्णा बेदर्दी, आ श्याम देहाती, संगीतकार एम.एम. ब्रदर, लेखक महेश परदेशी, छायांकन बीरजू चौधरी, नृत्य विशाल, आ फाइट पप्पू कराटे के बा. मुख्य कलाकारन में खेसारी लाल यादव, नेहा श्री, लाडो मधेशिया, जिया खान, अरूण कुमार, मो. आरीफ, भोला, सिराज भगत आ उमेश सिंह बाड़ें.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *