प्रकाशोत्सव खातिर रोजे निकलत बा प्रभातफेरी
-

गुरु गोविन्द सिंह जी के प्रकाशोत्सव ११ जनवरी के गुरुद्वारन में मनावल जाई. एकरा खातिर रोज सबेरे भजन कीर्तन करत भक्तन के टोली प्रभात फेरी निकालत बा जवना में छोट छोट लड़िका, लड़िकिओ पूरा श्रद्धाभाव से शामिल होत बाड़े. एह कड़ाका का ठंड में भक्ति के जोश के गरमी देखल बनत बा. प्रभात फेरी का बाद गुरुद्वारा पहुँच के अरदास, प्रवचन आ प्रसाद वितरण का साथ एकर समापन होला. प्रकाशोत्सव मनावे खातिर तोरण द्वार वगैरह बनावल जाये लागल बा. गुरु गोविन्द सिंह जी के जन्मदिन प्रकाशोत्सव का तरह पौष के सप्तमी तिथि के मनावल जाला.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts