प्रदर्शन खातिर तइयार बाड़े ‘रंगबाज राजा’

वेस्ट विंड फिल्म कंपनी के बैनर तले बनल भोजपुरी सुपरस्टार पवन सिंह के ‘‘रंगबाज राजा’’ अब रिलीज खातिर तइयार हो गइल बा. निर्माता भूपेश्वर त्यागी के एह फिल्म में पवन गाँव के सिधवा नवही बनल बाड़े जे हर केहू के मदद खातिर हरदम तइयार रहेला. निर्देशन कइले बाड़न ‘ओढनिया कमाल करे’ के निर्देशक रहल अरबिंद चौबे.

फिल्म में पवन सिंह का संगे दू गो हॉट नायिका बाड़ी उर्वशी चौधरी आ संगीता तिवारी. ब्रजेश त्रिपाठी, जयदेव सिंह, गोपाल राय, आनंद मोहन, खलिदा, विनोद मिश्रा, भूपेश्वर त्यागी, मास्टर धनुष आ रीना रानी के भूमिको खास बा. गीतकार बिनय बिहारी, प्यारेलाल यादव, आर. आर. पंकज, संगीतकार मधुकर आनंद, लेखक संतोष मिश्रा, संपादक जितेन्द्र सिंह जीतू हउवें. ऑडियो टी. सीरीज पर जारी भइल बा.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।