प्रधानमंत्री बने के दावा कइली मायावती

‘तिलक तराजू और तलवार इनको मारो जूते चार’ के नारा लगावे वाली बसपा के मुखिया मायावती काल्हु ब्राह्मणन के बसपा से जोड़े खातिर लखनऊ में एगो ब्राह्मण सम्मेलन कइली जवना में लगभग तीसेक हजार लोग जुटल. मंच पर सतीश मिश्रा खास रुप से दमकत रहलें. प्रधानमंत्री बने के आपन सोच जतावत मायावती कहली कि अगर मौका मिलल त सवर्ण जातियन के गरीब लोगो ला आरक्षण के प्रावधान करइहें.

सपा सरकार के आलोचना करत कहली कि यूपी में प्रशासन ठप पड़ गइल मोदी के आलोचना करत कहली कि मोदी देश के प्रधानमंत्री बने जोग नेता ना हउवन. कहली कि उत्तराखंड के बिपदो में मोदी गुजरातियने के सहायता कइलन जबकि देश भर के नेता बने वाला आदमी के एह तरह के सोच ना होखे के चाही.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।