फरार हो गइल के शूटिंग शुरु
-


पिछला दिने भोजपुरी फिल्म “फरार हो गइल” के शूटिंग मुंबई के मड आयलैण्ड का नायर बंगला में मुहुर्त शॉट का साथे शुरु करावल गइल. निर्माता दिलशाद अली आ प्रस्तुतकर्ता अनीस अहमद के फिल्म “फरार हो गइल” के शूटिंग बसरा स्टूडियो आ मुंबई के मनलुभावन जगहन पर करावल जा रहल बा. सारा इन्टरटेनमेंट का बैनर में बनत एह फिल्म के निर्देशन राजू कर रहल बाड़े जे एकरा पहिले हिन्दी फिल्म “अग्निमोर्चा” के निर्देशन कर चुकल बाड़न.फिल्म के खास कलाकारन में शुभम तिवारी, साहिल खान, स्वाति वर्मा, दिव्या द्विवेदी, अनारा गुप्ता, कोमल ढिल्लो, गिरीश शर्मा, बसीर अंसारी, रोहित राजावत, आ अहसान खान के नाम शामिल बा.कहानी राकेश त्रिपाठी के लिखल ह आ संगीत अमन श्लोक दे रहल बाड़े. गीत श्यामजी श्याम आ अरविन्द तिवारी के लिखल बा. कैमरा मैन बाड़न नन्द लाल चौधरी.


(स्रोत – समरजीत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts