‘बजरंग’ आ ‘पागल प्रेमी’ के सफलता से संजय पांडे के डंका पिटाइल
-

भोजपुरी सिनेमा के नंबर वन खलनायक संजय पांडे के हालही में रिलीज दुनु फिल्म ‘बजरंग’ अउर ‘पागल प्रेमी’ के मिलल सफलता से संजय पांडे के डंका बाज गइल. एह दुनु में संजय पांडे एक से बढ़ि के एक खतरनाक स्टंट कइले बाड़न. एगो में त संजय के जान जात जात बाचल.

एह फिलिमन का बाद संजय पांडे क आवे वाली फिलिम हवे ‘गजब सिटी मारे सईंया पिछवाड़े’ जवना का अलावा ‘रखवाला’, ‘सईंया अरब गईले ना’ समेत करीब एक दर्जन फिलिम फ्लोर पर बाड़ी सँ. संजय पांडे हाल ही ‘दिवानगी’ आ ‘दबदबा’ खातिर अनुबंधित भइल बाड़ें.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts