मोतिहारी एसपी का कहला पर पिछला शनिचर का रात मोतिहारी मे बड़हन अभियान चला के डकैती आ धोखाधड़ी का मामिलन मे फरार चलत 89 गो आपराधियन के गिरफ्तार क लिहलसि पुलिस. एहमे केसरिया से पांच गो, नगर से चार गो, ढाका, छौडादानों, हरसिद्धि, आ तुरकौलिया से तीन तीन गो, कोटवा, पकड़ीदयाल आ फेनहारा से दु दू गो, अउर जीतना से एक आदमि के गिरफ्तारी शामिल बा.
0 Comments