बनियापुर के गायब मेड रिप्रेजेन्टेटिव के लाश इनार में मिलल

सारण जिला के बनियापुर इलाका के पुछरी गांव के प्रताप कुमार के लाश बुध का साँझ जलालपुर के बँगरा गाँव का लगे एगो इनार से मिलल. एक हफ्ता से गायब एह मेड रिप्रेजेन्टेटिव के कॉल डिटेल से पुलिस के पता लागल कि सबले आखिर में ऊ बँगरा के अपना मामी राधिका देवी से बतियवले रहे. एकरा बाद पुलिस बँगरा का अगल बगल पूछ ताछ शुरू कइलसि त एगो इनार से प्रताप के लाश मिल गइल.

पूछताछ से पता लागल बतावल जात बा कि प्रताप के नाजायज संबंध अपना मामी राधिका से रहुवे. पुलिस एही दिसाईं तहकीकात में लागल बिया,

0 Comments

Submit a Comment