बरखा से सैंकड़ो बोरा धान भींजल

बलिया। जिला में सनीचर के राति में तेज हवा संगे बरखा भइला से राहगीरन के त बहुते परेसानी भइल हा। ढेर क्रय केन्द्रन पर रखल धान से भरल सैकड़ों बोरा भींजि गउअन स। रसड़ा में त्रिपाठी पैलेस पर धान क्रय केन्द्र खुलल बा उहंवा सैकड़न बोरा धान खुला आसमान के नीचे भीजि गइल बाकी केहू ओपर धियान ना देहल ह। विभाग के लापरवाही बहुते बढि़ गइल बा ए तरी राजस्व के नोकसान कइल ठीक ना बा। अधिकारी लोगन के धियान एहि ओर अकर्षित कइल बा।

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *