बलिया के स्वर्ण व्यवसायी के लाश मिलल
-

बलिया आर्यसामाज रोड के सोना व्यापारी संजय कुमार वर्मा के पिछला हफ्ता वाराणसी से लवटत घरी गाजीपुर के सकरपुरा रेलवे क्रासिंग का लगे हत्याकर दिहल गइल आ उनका लगे से लाखो रुपिया के गहना लूट लिहल गइल. चार दिन से व्यापारी के घरवाला परेशान रहलें काहेकि संजय के कवनो पता ना लागत रहुवे. एह बीच पता लागल कि चकिया में एगो लाश मिलल बा दु जने के घवाहिल होखे के खबर बा त परिवार के लोग ओहिजा गइल आ मृतक के कपड़ा से ओकर पहचान कइल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts