बलिया छपरा रेल लाईन डबल करे के शिलान्यास भइल

आजु सोमार का दिने बलिया टीसन पर भइल एगो शानदार समारोह में रेल मंत्री सुरेश प्रभु बलिया छपरा रेल खंड के दू लाईन वाला करे के काम के शिलान्यास कइलन. एकरा साथही बलिया टीसन का सोझा राखल गइल मीटर गेज पर चले वाला डीजल इंजन के लोकार्पणो कइलन. आजुवे सुरेमनपुर टीसन पर उपरी पुलो के शिलान्यासो कइल गइल.
एह मौका पर बलिया चहुँपल रेल मंत्री सुरेश प्रभाकर प्रभु आ रेल राज्य मंत्री मनोज सिन्हा के जोरदार स्वागत कइल गइल. एहिजा के सांसद भरत सिंह आ रविन्द्र कुशवाहा का साथे विधायक उपेन्द्र तिवारी एह लोग के अगवानी कइलें.
रेलमंत्री के कहना बा कि यूपी के बड़हन आबादी का हिसाब से एहिजा रेल सुविधा पूरा नइखे आ अगिला साल ले एह राज्य के भरपूर सुविधा देबे के योजना बावे.
जान जाईं कि साल 2017 में यूपी विधानसभा के चुनावो होखे वाला बा आ स्वाभाविक बा कि केन्द्र सरकार एकरा से पहिले राज्य खातिर आपन खजाना खोलला से बाँव ना जाई.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *