बलिया ट्रॉमा सेंटर (डॉ. मनोज) के उद्घाटन
-

काल्हु 14 दिसम्बर का दिने बलिया सिविल लाइन्स में ओवरब्रिज का उत्तर छोर पर कचहरी का सोझा बलिया ट्रॉमा सेंटर (डॉ. मनोज) के उद्घाटन पूरा जनपद से आइल चिकित्सकन का मौजूदगी में माता जी शारदा शुक्ला के हत्थे भइल।
एह मौका पर जनपद के मशहूर डॉ. जेपी शुक्ला कहलन कि एह सेंटर के चालू भइला से तरह तरह के हादसा से मरे वाला लोग के गिनिती कम हो सकी।
करीब साढ़े छह करोड़ के लागत से बनल एह अस्पताल में चिकित्सा के सगरी आधुनिक साधन मौजूद बा।

अपना अस्पताल के शुरुआत पर ट्रॉमा विशेषज्ञ डॉ. मनोज कहलन कि ऊ हड्डी के इलाज का अलावे ट्रामा इलाज के विशेष ट्रेनिंग विदेश से कइले बाड़न आ अब अपना अनुभव के उपयोग अपना जनपद के लोगन ला करीहें।

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts