"बाबू हो कुंवर सिंह तेगवा बहादुर" के जयन्ती पहिला बेर राष्ट्रपति भवन में
-

वीर बाबू कुंवर सिंह के 155 वां विजयोत्सव पहिला बेर राष्ट्रपति भवन में मनावल गइल. वीर कुंवर सिंह फाउंडेशन, नई दिल्ली के एह आयोजन के शुरुआत मुख्य अतिथि भारत के राष्ट्रपति प्रतिभा देवी सिंह पाटिल वीर कुंवर सिंह के फोटो पर फूल चढ़ा के श्रद्धांजली दे के कइली. एकरा बाद राष्ट्रपति महोदया के वीर कुंवर सिंह फाउंडेशन के अध्यक्ष निर्मल सिंह संस्था के प्रतीक चिन्ह भेंट कइलन आ कहलन कि शायद पहिला बेर राष्ट्रपति बवन में वीर कुंवर सिंह के स्मृति समारोह मनावल जात बा.

बाबू वीर कुंवर सिंह के याद करत राष्ट्रपति प्रतिभा पाटिल कहनी कि जिनिगी प्रेरणा पर चलेले. जवना तरह वीर कुंवर सिंह आपन बलिदान दिहलन ओहसे लोग के प्रेरणा मिलल. अइसन लोग समय आ काल में बन्हाइल ना रह जाव आ जमाना ओह लोग के हजारो साल ले याद कइल करेले.

समारोह में जनार्दन द्विवेदी, महासचिव, अखिल भारतीय कांगेस, डा० कर्ण सिंह आ डा० भीष्म नारायण सिंह(पूर्व राज्यपाल) आपन संबोधन दिहलें. कार्यक्रम में सांसद महाबल मिश्रा, भोजपुरी समाज दिल्ली के अध्यक्ष अजीत दूबे, विश्व भोजपुरी सम्मलेन दिल्ली इकाई के अध्यक्ष कवि मनोज भावुक, समाजसेवी राकेश सिंह परमार, पत्रकार कुलदीप श्रीवास्तव, मुन्ना पाठक समेत सैकड़ों लोग उपस्थित रहे.

1 Comment

  1. amritanshuom

    वीर कुंवर सिंह के 155 वां विजयोत्सव पहिला बेर राष्ट्रपति भवन में मनावल गइल .बहुत – बहुत नीमन आ गर्व करे वाला बात बा. राष्ट्रपति प्रतिभा देवी सिंह पाटिल जी के बहुत -बहुत धन्यवाद साथ में कार्यकर्म करवावे वाला लोगन के भी .

    ओ.पी . अमृतांशु

    Reply

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts