बिग बॉस का घर में बगल वाली जान मारेली

बिग बॉस का घर में पिछला दिने मनोज तिवारी आपन एगो हिट भोजपुरी गाना “बगल वाली जान मारेली” गा के सगरी प्रतिभागियन के मनोरंजन कइलें. सबसे कमाल त ई रहल कि ओह गाना पर ऊ डॉली बिन्द्रा के नचावे में सफल रहलें.

पहिला बेर बिग बॉस का घर में कवनो भोजपुरी गाना भइल. मनोज तिवारी जब बिगबॉस का घर में जाये वाला रहलें तहियो ऊ आपन हिट फिल्म “भोजपुरिया डॉन” के गाना “हम ही हैं भोजपुरिया डॉन” गा के सलमान खान के दिल जीत लिहले रहलें

बिगबॉस का घर में रहे वाला हर शख्स से मनोज तिवारी के बढ़िया पटत बा आ उमीद बा कि अबकी के डॉन उहे बनीहे.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

1 Comment

  1. omprakash amritanshu

    पहिला बेर बिग बॉस का घर में कवनो भोजपुरी गाना भइल.त पहिला बेर भोजपुरिया जवान आपन जीत के झंडा भी गाड़ के अइहें . ई त पक्का विश्वाश के बात बा. मनोज तिवारी जी पे एगो गीत लिखत बानी.आशा बा सभे के नीमन लागी.

    बिगबॉस के घरवा में ,
    सभेके नजरावा में ,
    रहेलऽ तुहीं हो तिवारी
    बरियारी केहू केतनो करी !

    डॉली के नचाई मोह लेलऽ सलमान के ,
    खूब रे पढ़वलऽ पामेला मेहमान के ,
    खली के बगलवा में ,
    श्वेता जी के संघवा में ,
    रहेलऽ तुहीं हो तिवारी
    बरियारी केहू केतनो करी !

    फूल बहुमतवा से बनी गईलऽ मुखिया ,
    केहू नाहि दिन रहे नाहि केहू दुखिया ,
    घरवा के तहवा में
    बॉस के ईनमवा में
    रहेलऽ तुहीं हो तिवारी
    बरियारी केहू केतनो करी !

    छठ के वरतिया में नेहिया लगवलऽ ,
    सुख -संपती के आशिशवा बिटोरलऽ ,
    भोजपुरी के आंगनवा में
    खेत खरिहानावा में
    रहेलऽ तुहीं हो तिवारी
    बरियारी केहू केतनो करी !

    सभकर दुआ बाटे इहे अरमान हो ,
    राउर धर्म पत्नी के होई जाव ज्ञान हो ,
    अँखिया के लोरवा में
    नेहिया के डोरवा में
    रहेलऽ तुहीं हो तिवारी
    बरियारी केहू केतनो करी!

    गीतकार

    ओ.पी .अमृतांशु
    09013660995