बिल्थरा रोड विधायक गोरख पासवान घवाहिल

बलिया जिला के बिल्थरा रोड के विधायक गोरख पासवान, उनकर गनर आ दू जने अउर लखनऊ से बलिया आवत घरी बाराबंकी का लगे सड़क हादसा में घवाहिल हो गइल लोग. लखनऊ से कार से बलिया खातिर चलल गोरख पासवान के गाड़ी बाराबंकी का लगे एगो मोटर साइकिल वाला के बचावे का फेर में सड़क किनारे के पोल से टकरा गइल. विधायक समेत सगरी घवाहिलन के लखनऊ में सहारा अस्पताल में भरती करावल गइल बा जहाँ सभकर हालत खतरा से बाहर बतावल जात बा.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..