बिहार आ यूपी में मनरेगा में गड़बड़झाला

केन्द्रीय ग्रामीण विकास मंत्री जयराम रमेश कहले बाड़न कि मनरेगा में खामी निकाले वाला कैग से उनुका कवनो शिकायत नइखे काहे कि कैग के कामे होला गड़बड़ी खोजल आ ओकरा के सामने ले आवल. आ इहो साँच बा कि अनेके राज्यन में, खास कर के बिहार, यूपी आ ओडिशा में, एह योजना के फंड के गलत इस्तेमाल होखत बा.

कैग का रिपोर्ट में कहल गइल बा कि बिहार, यूपी, आ महाराष्ट्र में मनरेगा के बीसे फीसदी फंड के इस्तेमाल भइल बा जबकि एह राज्यन में देश के ग्रामीण आबादी के छियालिस फीसदी लोग रहेला.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *