बिहार के खबर

(मंगल, 20 दिसंबर)

  • शिक्षक पात्रता परीक्षा आजु आ काल्हु दू दिन दू पाली में करावल जाई. एह खातिर एक हजार तीन सौ अस्सी परीक्षा केन्द्र बनावल गइल बा जहवाँ से उनतीस लाख से बेसी परीक्षार्थी परीक्षा में शामिल होखीहें. आजु परीक्षा का पहिला दिने कई जगहा से उत्पात के खबर आइल बा.
  • राज्य में जाति का आधार पर जनगणना पन्द्रह जनवरी से शुरू होखी. अबहीं जहानाबाद जिला के एगो प्रखण्ड में पायलट प्रोजेक्ट का तरह जनगणना करावल जा रहल बा. एहसे पहिले जाति आधारित जनगणना साल उनइस सौ इकतीस में करावल गइल रहुवे.
  • सिक्ख धर्म के दसवाँ गुरू गुरू गोविन्द सिंह के प्रकाशोत्सव का मौका पर तेईस दिसम्बर से छह जनवरी ले तेरह जोड़ी एक्सप्रेस आ मेल ट्रेन के ठहराव पटना साहिब स्टेशन पर करावल जाई जेहसे श्रद्धालुअन के सुविधा रहो.
  • राज्य भर में कड़ाका के पाला पड़त बा जवना से पूरा जनजीवन अस्तव्यस्त हो गइल बा.
  • पटना के मशहूर हृदय रोग विशेषज्ञ डा॰ एके ठाकुर के निधन सोमार का दिने हो गइल.
  • पहिले विधायक रहल समाजवादी नेता रामवचन पासवान के सोमार का दिने सासाराम में सत्तर साल का उमिर में निधन हो गइल.
  • पश्चिमी चंपारण के सरबत पसराइन गाँव में एगो एफसीआई कर्मी कमलेश तिवारी के हत्या कुछ अपराधी कर दिहले.
  • सारण जिला के आमी गाँव से एगो अपराधी अभय के सोमार का दिने गिरफ्तार कर लिहल गइल. ओकरा पर डोरीगंज इलाका में एगो कोरियर वाहन से कारतूस लूटे के आरोप बा.
  • औरंगाबाद जिला के रिसिअप थाना इलाका में आजु फजीरे कोहरा का चलते एगो बस आ ट्रक में टक्कर होखला से चार गो परीक्षार्थियन के मौत हो गइल आ पन्द्रहियन लोग घवाहिल हो गइल.
  • हाजीपुर का एगो होटल राष्ट्रीय स्तर के महिला मुक्केबाज खिलाड़ी तनुजा कान्याल के लाश सोमार का दिने बरामद भइल बा.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..