बिहार के स्वास्थ्य सेवा ठप्प पड़ल

गया मेडिकल कालेज में राजद विधायक सुरेंद्र प्रसाद यादव के अंगरक्षकन के चलावल गोली से घवाहिल तीन गो जूनियर डाक्टरन पर भइल अत्याचार का खिलाफ बिहार के सगरी जूनियर डाक्टर हड़ताल पर चल गइल बाड़न जवना से सगरी मेडिकल कालेजन में चिकित्सा सेवा ठप पड़ गइल बा. डाक्टर ओह विधायक के गिरफ्तारी के माँग कर रहल बाड़े. ओने पुलिस गया के हड़ताली जूनियर डाक्टरन पर कई गो मुकदमा दर्ज कर लिहले बिया जबकि विधायक के अता पता नइखे. सीनियर डाक्टर जूनयिरन से हड़ताल रोक के सरकार के कुछ दिन के समय देबे के सलाह दिहले बाड़न आ स्वास्थ्य मंत्री अश्विनी कुमार चौबे कहले बाड़न कि एक आदमी के गलती के सजाय सगरी जनता के जन दिहल जाव. एही बीचे गिरफ्तार पुलिस वालन के समर्थन में पुलिस एसोसिएशन हड़ताल पर जाये के धमकी दिहले बा.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..