बिहार में निरहुआ ब्रदर्स की धूम मचल

भोजपुरी फिलिमन जुबिली स्टार दिनेश लाल यादव ‘निरहुआ’ आ उनुकर भाई प्रवेश लाल यादव के आजुकाल्हु पूरा बिहार में धूम मचल बा. ‘निरहुआ इंटरटेनमेंट प्रा. लि.’ के बैनर में बनल ‘औलाद’ पिछला हफ्ता बिहार के 40 गो से बेसी सिनेमाघर में रिलीज कइल गइल आ हरजगह एकरा शानदार ओपनिंग मिलल बा. देकेवालन में औरतन के संख्या बहुते बा. चर्चित निर्देशक असलम शेख निर्देशित ई फिल्म सभका नीमन लागल बा. फिल्म के कई गो गाना, जइसे कि ‘जुग-जुग जियस ललनवा, चिठठी लिखतानी बुझीह न तार बलमू, उमरिया भईल बा प्यार के, बोले फटाफट अंग्रेजी लोग का जुबान पर पहिलही चढ़ गंइल बा. युपी व मुंबई में सुपरहिट औलाद उत्तर प्रदेश में कई सिनेमाघरन में पचास दिन पूरा करे का ओर बढ़त बा.


(स्रोत – प्रशांत-निशांत)

1 Comment

  1. arun kumar

    dinesh lal yadav u r excellent aullad movie is good family so must watch. but ur action image i love it.