बिहार में मतदान के दूसरका दौर

आज अतवार का दिने बिहार विधानसभा चुनाव के दूसरका दौर के मतदान चालू हो गइल बा. एह दौर में ४५ गो सीट पर फैसला होखे वाला बा. सीतामढ़ी में रुन्नी सैदपुर के एगो बूथ पर गइल सगरी कर्मचारियन के अपहरण कर के सगरी कागजात जरा दिहल गइल. एह घटना का पाछा नक्सलियन के हाथ बतावल जा रहल बा. शिवहर, सीतामढ़ी, समस्तीपुर, मुजफ्फरपुर, दरभंगा, आ पूर्वी चंपारण जिलन में आजु वोट डालल जा रहल बा.

आजु का चुनाव में जवना महारथियन के भाग्य के फैसला होखे वाला बा ओहमें मंत्री रामनाथ ठाकुर, जदयू अध्यक्ष विजय कुमार चौधरी, पूर्वमंत्री आ कांग्रेस के उम्मीदवार नागमणि, राजद उम्मीदवार आ पूर्व मंत्री पीताम्बर पासवान शामिला बाड़े.

पिछला दौर का चुनाव में मुसलमानन के साथ ना मिलला से कांग्रेस के मुँह झूराइल बा आ अब ओकर आसरा एह दौर के रुझान पर बा. काहे कि एही दौर पर कांग्रेस के सबले बेसी भरोसा बा. काल्हु गुजरात में मिलल बड़हन हार का बाद कांग्रेसी अउरी मायूस हो गइल बाड़े.

चुनाव के तिसरका दौर २८ तारीख के होखेवाला बा जवना खातिर प्रचार जोर शोर से चल रहल बा. एह दौर में सारण, सिवान, गोपालगंज, आ पश्चिमी चंपारण के अड़तालीस सीट खातिर वोट डालल जाई.
टटका खबर पर अउरी खबर पढ़े आदत डाल लीं. टटका खबर खातिर हर जगहा से अवैतनिक संवाददाता लोग के जरुरत बा. संपर्क करीं सभे.

0 Comments