बिहार में महागठबन्हन के विरोध कइला का बाद अब सपो के मन ललचा गइल बा
-

हाल के चुनाव में बिहार में बनल महागठबंधन के जीत के उमेद ना देखत सपा मुखिया मुलायम सिंह ओह गठबन्हन से बाहर आ गइल रहलें आ बिहार में आपन अलगा गुट बना के चुनाव लड़लन. अलग बाति बा कि उनकर दाल कतहूं ना गलल. वइसहूं बिहार में सपा के कवनो काम जोग प्रभाव नइखे.
बाकिर बिहार में महागठबन्हन के बड़हन जीत देख सपो के मन ललचा गइल बा आ यूपी में सपा मुख्यमंत्री अखिलेश यादव के कहना बा कि एहिजो महागठबन्हन होखे के संभावना के नकारल ना जा सके. अखिलेश यादव संतकबीर नगर जिला के एगो गाँव में शादी समारोह में आइल रहलें आ ओहिजे मीडिया से बात करत में ई बात कहलन.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts