बिहार लोकसेवा आयोग के प्रीलिम के रिजल्ट घोषित
-

बिहार लोक सेवा आयोग पिछला 15 मार्च के करावल गइल 56वीं से ले के 59वीं सम्मिलित संयुक्त (प्रारंभिक) प्रतियोगिता परीक्षा के रिजल्ट काल्हु शनिचर के साँझ जारी कर दिहलसि.
कुल 746 गो होखे वाला बहाली खातिर 28,308 जने के सफल घोषित कइल गइल बा. अब ई लोग मुख्य परीक्षा दी.
एह इम्तिहान में जेनरल कैटेगरी खातिर कटआफ 87 अंक, पिछड़ा वर्ग ला 82, पिछड़ा वर्ग महिला खातिर 73, अनुसूचित जनजाति ला 72 आ अनुसूचित जाति ला 73 अंक रहल बा. कुल साढ़े चार लाख लोग एह इम्तिहान में बइठल रहुवे.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts