‘‘बीवी नं०-1’’ के शानदार ओपनिंग

Nirahua-Monalisa-bibi-no1भोजपुरी सुपरस्टार निरहुआ आ हॉट गर्ल मोनालिसा अभिनीत भोजपुरी फिलिम ‘बीवी नं०-1’ पिछला शुक के बिहार के 70गो सिनेमाघरन में रिलीज भइल आ एकरा शानदार ओपनिंग मिलल बा. रिपोर्ट बा कि सगरी जगहा से हाउसफुल से डबल क्लेक्शन बटोराइल बा. कई जगहा त ई रिकार्ड बनवले बा.

हँसी आ बढ़िया संगीत से भरल एह पारिवारिक मनोरंजक फिलिम के देखे ला मेहरारू आ लइकी सभ अपना पूरा परिवार संगे आवत बाड़ी. पहिला बेर निरहुआ के कइल कॉमेडी एह फिलिम में देखे के मिलत बा आ देखेवालन के ऊ किरदार बहुते पसन्द आवत बा. मोनालिसो के अभिनय के जम के सराहल जात बा.

दपर्ण मूवीज के बैनर तले बनल निर्माता दिनेश अग्रवाल, सुनील जैन आ सुशील जैन के एह फिलिम के निर्देशक अजीत श्रीवास्तव बाड़ें. मुख्य भूमिका में निरहुआ, मोनालिसा, अपूर्वा बिष्ट, आशा तिवारी, अनुप अरोड़ा, रश्मि श्रीवास्तव, प्रकाश जैस आ संजय पाण्डेय बाड़े एह फिलिम में.


(प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *