बेतिया के बानुछापुर में सिपाही के हत्या

पश्चिम चंपारण जिला के मुफस्सिल इलाका के बानुछापर गांव मे काल्हु देर रात कुछ अपराधी एगो सिपाही रजनीश कुमार के गोली मार के हत्या कर दिहले.

पुलिस बतावत बिया कि सिपाही रजनीश कुमार बानुछापर गांव में अधिवक्ता वृज मोहन मिश्रा के आवास पर ड्यूटी कर के सूतल रहलें जब अपराधी धावा बोलले आ गोली मार के उनकर हत्या कर दिहले.

आजु सबेरही से पुलिस अपराधियन के धर पकड़ करे में लागल बिया.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts