बॉलीवुड अदाकारा शम्मी के निधन


मुंबई 06 मार्च (वार्ता). बॉलीवुड के बुजुर्ग अदाकारा शम्मी के सोमार का राति एक बजे लमहर बीमारी का बाद निधन हो गइल. ऊ 89 बरीस के रहली.

सदी के महानायक अमिताभ बच्चन अपना ट्विटर पर उनुका निधन के जानकारी देच आपन दुख जतवलें. लिखलें – बेहतरीन अदाकारा आ परफॉर्मर हमनी का बीच ना रहि गइली.

ऊ ढेर दिन से बीमार रहली. गँवे-गँवे सभे जाए लागल बो.

उनुकर प्रशंसक उनुका के आंटी कह के बोलावत रहलें.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..