ब्रजेश त्रिपाठी के जलवा

BrijeshTripathiसिनेमा भोजपुरी के चरित्र अभिनेता आ खलनायक ब्रजेश त्रिपाठी के जलवा भोजपुरी परदा पर शान से चलत बा. एह घरी अपना दू गो किरदारन, भोला यादव आ राजन त्रिपाठी, का चलते ब्रजेश खूबे चरचा में बाड़न. ‘‘राखेला शान भोजपुरी जवान’’ में भोला यादव नाम के दबंग मंत्री आ करियाह कारनामा के सरदार बनल बाड़न ब्रजेश. एहमें ऊ पवन सिंह संगे दू दू हाथ करत बाड़े आ देखेवालन के ताली बिटोरत बाड़े.

‘‘रखवाला’’ में ब्रजेश राजन त्रिपाठी के किरदार कइले बाड़न. निरहुआ क साथे ब्रजेश के शानदार संवाद अदायगी अउर अभिनय लोग से वाह वाह करवा देत बा.

अपना एह दुनु भूमिका से मिलल सराहना से उछाह में आइल ब्रजेस के उमेद बा कि दर्शकन के प्रेम उनुका आगहूं मिलत रही.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..