ब्राह्मण वोट खातिर सगरी गोल फिकिरमंद बाड़ें

यूपी में ब्राह्मण वोट के अपना पाला में बिटोरे खातिर सगरी राजनीतिक गोल फिकिरमंद हो गइल बाड़ें. बसपा पहिलही से खुलेआम ब्राह्मण जाति के गोलबंद करे में लागल बिया आ अब एह काम में समाजवादिओ पार्टी शामिल हो गइल बिया. काल्हु परशुराम जयंती का मौका पर लखनऊ में बोलावल ब्राह्मण सम्मेलन में मुख्यमंत्री अखिलेश यादव एलान कइलन कि बसपा राज में ब्राह्मण आ सवर्ण लोग पर लगावल फर्जी मुकदमा वापिस ले लिहल जाई. हालही में अल्पसंख्यक आतंकवादियन से मुकदमा हटावे के सपा सरकार के कोशिश फेल हो चुकल बा बाकिर सपा आपन चाल चले में ठिठकत नइखे.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *