भरत शर्मा व्यास अब एक्टिंगो करीहें
-

भोजपुरी गायकी के भीष्म पितामह कहाये वाला भरत शर्मा व्यास अब लोकगायकी के शिखर छु लिहला का बाद अभिनयो का दुनिया में डेग धरे जा रहल बाड़न. बिहार के बक्सर से चलि के बनारस, फेर दिल्ली, आ अब मुंबईओ में ऊ आपन बसेरा बना लिहले बाड़े, हाल ही में अखिल विश्व भोजपुरी समाज मंच के राष्ट्रीय अध्यक्ष चुनाइल भरत शर्मा पिछला दिने अभिनेत्री से निर्मात्री बनल नीतू चन्द्रा के पहिलका भोजपुरी फिल्म देसवा खातिर एगो गाना रिकार्ड करवले.

बातचीत का दौरान भरत शर्मा कहले कि ऊ ३९ बरीस से लोक गायकी से जुड़ल बाड़न आ एह बीचे उनकर नाहियो त तीन सौ के करीब अलबम बाजार में आ चुकल बा. तकरीबन दू दर्जन राष्ट्रीय आ अन्तर्राष्ट्रीय पुरस्कारन से सम्मानित हो चुकल भरत शर्मा भोजपुरी के टीवी चैनलो सब पर कार्यक्रम देत रहेलन. पिछला दिने महुआ टी वी के स्वतंत्रता दिवस के खास कार्यक्रम में भरत शर्मा समाँ बान्ह दिहले रहन.

भोजपुरी के दोसर गायकन से अलगा सुभाव के भरत शर्मा सादगी पसन्द करेले. बतवले कि सिनेमाई दुनिया के चकाचौंध में अपना के डुबा दिहला का बदले भोजपुरी लोकगायकी के उचित मान दिलवावही खातिर ऊ प्रयासरत बाड़न. भरत शर्मा के एही काबिलियत के नतीजा ह कि देश विदेश में होखे वाला हर महोत्सव में लोकगायकी का कार्यक्रम में उनकर मौजुदगी जरुरी मानल जाले.

बहरहाल मुंबई में बसेरा बनवला से भोजपुरी फिल्म जगत के भरत शर्मा से जरुरे फायदा मिली.


(स्रोत : उदय भगत)

2 Comments

  1. omprakash amritanshu

    खऊलल खून बहल नस -नस में ,देखिके गुलामी |
    जवानी पाकल मोछिया पे ,आईल कुंवर के ||
    भरत शर्मा जी के हीं गावल गीत ई समाचार पे फीट बईठता .लागत बा भोजपुरी सिनेमा के किस्मत चमके वाला बा .
    गीतकार
    ओ.पी अमृतांशु
    09013660995

    Reply
  2. ranvijay pratap singh

    I LOVE MY BHOJPURI LANGUAGE BCOZ MY NATIVE PLACE IS BALLIA (EAST U.P.). I M ALSO FAN TO HON’L BHARAT SHARMA’S NIRGUNS AND BHAJANS. ILOVE MY BHOJPURI. GAATE RAHO BHARAT JI BHOJPURIYA AAP KE SAATH HAIN. JAI BHOJPURI

    Reply

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts