भारत विश्वकप क्रिकेट जीत लिहलसि

आजु मुंबई के वानखेडे स्टेडियम में भइल विश्वकप क्रिकेट के फाइनल में भारत श्रीलंका के छह विकेट से हरा दिहलसि. खराब शुरुआत का बावजूद भारत के मिलल एह जीत से पूरा देश गदगद हो गइल बा आ पटाखा के आवाज में कुछ सुनाई नइखे देत. आजु के शुरुआत में वीरेन्द्र सहवाग आ तेन्दुलकर बहुते जल्दी आउट हो गइल रहे आ तब भारत दू विकेट गवाँ के ३१ रन बना पवले रहुवे. श्रीलंका अपना पारी में छह विकेट का नुकसान पर २७४ रन बनवले रहुवे. आ जीत खातिर भारत के २७५ रन बनावे के रहे. सहवाग आ तेंदुलकर के आउट होखला का बाद गौतम गंभीर पूरा गंभीरता से खेलले आ ९७ रन बना के बोल्ड भइले. ओकरा बाद धोनी मैदान सम्हार लिहलन आ उत्तेजना का क्षण में पूरा धीरज का साथ श्रीलंका के पराजित करे के लक्ष्य पूरा कइलन.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।