भोजपुरिया धर्मेन्द्र – हितेन
-

भोजपुरी में हर तरह के अभिनेता बाड़े बाकिर धर्मेन्द्र जइसन रफ टफ लुक वाला केहू नइखे. एह कमी के पूरा करे आइल बाड़े नवोदित अभिनेता हितेन पाण्डेय. फिल्मी परिवेश में पलाइल पोसाइल आ महँग गाडियन के शौक़ीन हितेन फ़िल्मी पत्रकार आ हिंदी फिल्मन के निर्माण कर चुकल स्व॰ रमण पाण्डेय के बेटा हउवन. अपना अबले के तीन महीना के फ़िल्मी कैरियर में ऊ दू गो फिल्म में काम कर चुकले. पहिला फिल्म रहल “केहू हमसे जीत ना पाई” जवना मे ऊ भीमा पहलवान का भूमिका में बाड़न आ उनुकर नायिका बाड़ी स्वाति वर्मा. हितेन पिछला दिने फिल्म “प्रतिबन्ध” के शूटिंग पूरा कइले जवना में ऊ रवि किशन के छोट भाई का किरदार में बाड़े आ श्री कंकानी से प्यार करत बाड़े. हितेन के कहना बा कि अपना पहिलके फिल्म में रविकिशन का साथे काम करे के मौका पा के ऊ नर्वस हो गइल रहले बाकिर रविकिशन उनुकर हौसला बढ़वलन आ बहुते कुछ सिखवलन. हितेन के अभिनय आ काम का प्रति उनुकर लगन देख के लागत बा कि ऊ लमहर पारी खेले आइल बाड़न.


(स्रोत : उदय भगत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts