रिंकू पर फिदा हो गइल गोरिल्ला

कवनो भोजपुरी फिलिम में पहिला बेर गोरिल्ला आ रहल बा आ ओह फिलिम के नाम ह “केहू हमसे जीत ना पाई”. गोरखपुर के डा॰ वजाहत करीम के बनावल एह फिल्म मे् रिंकू के नायक त रविकिशन बाड़न बाकिर पिछला दिने एगो गोरिल्ला रिंकू पर फिदा हो गइल जब ओकरा के फिल्म के शूटिंग में ले आवल गइल. निर्देशक एम आई राज के कहना बा कि फिल्म में गोरिल्ला के रोल बहुते महत्वपूर्ण बा. निर्माता के कहना बा कि गोरिल्ला एह फिल्म के यूएसपी रही, खास आकर्षण रही. देशभक्ति का थीम पर बनल एह फिल्म के शूटिंग गोरखपुर आ मुंबई में करावल गइल बा.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts