भोजपुरिया महानायक बनलें कांग्रेस के सिपाही

Kunal Singh
भोजपुरिया महानायक से कांग्रेस के सिपाही तक के यात्रा बिहार के माटी से उपजल कुणाल सिंह बखूबी निभा रहल बाड़े. कुणाल सिंह के अभिनय, व्यक्तित्व, आ संवाद अदायगी के कौशल देख के कांग्रेस उनका के अपना कला संस्कृति प्रकोष्ठ के अध्यक्ष बना के एगो महत्वपूर्ण जिम्मेदारी सँउपले बिया.

कुणाल सिंह के परिवार शुरुवे से कांग्रेसी रहल बा आ कुणाल सिंह कांग्रेस के रीतिनीति से सहमत आ राहुल के पकिया समर्थक हउवें. पइसा कमाये खातिर त उनकर फिल्मी कैरियत पर्याप्त बा कहत कुणाल सिंह कहलें कि नौजवानन खातिर कुछ करे के सपना ले के कांग्रेस के पद से जुड़ल बाड़न. हो सकेला कि टिकट मिल जाव आ ऊ विधानसभा के चुनावो लड़ि जास.


(स्रोत : संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..