भोजपुरी उपन्यास बनचरी के विमोचन

Banachari-vimochan
मुम्बई का विले पार्ले स्थित “नवीन भाई ठक्कर सभागार” में “अभियान” संस्था का सहयोग से आयोजित ‘सबरंग फिल्म स्टार सम्मान समारोह’ आ ‘भोजपुरी पंचायत’ वार्षिकोत्सव का अवसर प डा0 अशोक द्विवेदी के चर्चित भोजपुरी उपन्यास “बनचरी” के विमोचन हिन्दी दैनिक ‘सामना’ के संपादक प्रेम शुक्ल कइलन. एह मौका पर विश्व भोजपुरी सम्मेलन के अंतर्राष्ट्रीय अध्यक्ष सतीश त्रिपाठी का अलावे अनेके फिल्मी हस्ती मौजूद रहले.

आयोजक मंडल के लोगन मे अमरजीत मिश्र, कुलदीप कुमार आदि त रहबे कइले. मंच पर रविकिशन, कुणाल सिह आदि ढेर लोग बटुरा गइल. डा. प्रेम शुक्ल विमोचन का बाद संबोधन में कहलन कि इहाँ फिल्म का लोगन में इल्म (बौद्धिक आ साहित्यिक) का लोगन का उपस्थिति से ई आयोजन खास हो गइल बा.

भोजपुरी खातिर पछिला कुछ दशक से गंभीरता से विशेष जोगदान देबे वाला लोगन मे विश्व भोजपुरी सम्मेलन के अध्यक्ष सतीश त्रिपाठी जी, भोजपुरी क विशिष्ट पत्रिका “पाती” के संपादक आ चर्चित साहित्यकार डा. अशोक द्विवेदी इहाँ मौजूद रहुवे. फिल्म क कलाकारन के सुने देखे आइल लोगन के अपना भाषा के साहित्यो के जाने पहिचाने के चाहीं एह हिसाब से ई कार्यक्रम नीमन रहल.


बनचरी उपन्यास के पहिलका कड़ी


1 Comment

  1. mohan yadav

    bhojpuri ke vikas ke liye achha prayas

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..