भोजपुरी किंग के सिल्वर जुबिली

भोजपुरी सिनेमा उद्योग में किंग का साथ साथ जुबिली स्टार का नाम से मशहूर अभिनेता दिनेशलाल यादव के सिल्वर जुबिली हो गइल बा. सिल्वर जुबिली? कवना चीच के? कवना फिल्म के? कवना बात के? त जान जाई सभे कि ई सिल्वर जुबिली कवनो फिलिम कें बा बलुक निरहुआ के कैरियर में
अबले रिलीज भइल फिल्मन के सिल्वर जुबिली हो गइल बा.

आज के करण अर्जुन का रिलीजहोखला का साथही निरहुआ के रिलीज हो चुकल फिल्मन के संख्या पचीस पार कर गइल. मोटे पाँच साल का कैरियर में सफलता के स्वाद चिखे वाला निरहुआ के ई पचीस फिलिम उनकर जिनिगी के दशा दिशा बदल दिहलसि. भोजपुरी पर्दा पर स्व॰सुधाकर पाण्डे के चलत मुसाफिर मोह लियो रे से अपना अभिनय के पारी के शुरुआत करे वाला निरहुआ ह बिचे कई गो फिलिम दिहलें जवन सिल्वर जुबिली, १०० दिन, ५० दिन मनवली सँ. उनकर दुसरके फिलिम हो गइल बा प्यार ओढ़निया वाली से पूरा देश में सिल्वर जुबिली मनवलसि. ओकरा बाद अंक मीडिया के निरहुआ रिक्शावाला उनका के हर घर के दिवाना बना डललसि. ई फिल्म बाक्स आफिस पर १० करोड़ के बिजनेस कइलस आ बिहार के एक दर्जन सिनेमाघर में सिल्वर जुबिली त यूपी पंजाब के दर्जनो सिनेमाघरन में १०० दिन के सफल व्यवसाय कइलसि. ओकरा बाद आइल ड्रायवर बाबू, कइसे कहीं तोहरा से प्यार हो गइल, कहाँ जइब राजा नजरिया लड़ा के सफलता पावे में कामयाब रहली सँ. रामाकांत प्रसाद के निर्माण लागल रहा ए राजा जी, आ दिवाना बाक्स आफिस परब्लाक बस्टर भइली सँ.

साल २००५ में निरहुआ बाक्स आफिस पर सफलता के जे दौर शुरु कइलें ऊ आजु ले कायम बा आ हर साल के सबसे बेसी बिजनेस करे वाली फिलिम उनकरे खाता में बाड़ी सँ. निरहुआ के रंगीला बाबू, गंगा तोहरे देश में, विधाता, हम बाहुबली, हो गइनी दिवाना तोहरे प्यार में, निरहुआ न॰ १, आ शिवा बाक्स आफिस पर कामयाब रहली सँ. निरहुआ चलल ससुराल, सात सहेलिया, प्रेम के रोग भइल सौ दिन मनवली सँ. अपना अभिनय यात्रा का साथ निरहुआ आपन निर्माण कंपनी बनवलें जवन दू गो हिट फिल्म चलनी के चालल दुलहा आ प्रेम के रोग भइल दिहलसि. निरहुआ साउथो का कंपनियन का साथे काम कइलें आ मूवी मुगल कहाये वाला डी रामानायडू का फिलिम में नायक रहलें. अभही एन एन सिप्पी के भोजपुरी फिल्मो में निरहुआ नायक बाड़े.

सफलता के दोसर नाम बन चुकल निरहुआ के ई विजय यात्रा आगहू जरुर जारी रही.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

1 Comment

  1. devid

    real king to aapi hai yadav ji
    aapke age av koi nahi hai aur aapke aage koi v nahi jayega q ki aap jo action jo karte hia
    lajwab hai aapki acting
    aap bahut aage jaboge sir ji