भोजपुरी भाषा के सरकारी उपेक्षा आ अन्याय का खिलाफ भोजपुरियन के आवाज

हिन्दी भाषा परिवार में बड़की बहिन होखला का बावजूद भोजपुरी भाषा के जवन सरकारी उपेक्षा हो रहल बा ओह अन्याय का खिलाफ रहि रहि के भोजपुरियन के शिकायत भरल आवाज हमेशा उठत रहेला.

काल्हु शुक का दिने दिल्ली के एयरपोर्ट अथारिटी अधिकारी संस्थान के सभागार में आयोजित एगो सम्मान समारोह में फेरु भोजपुरियन के एह वेदना के स्पर दिहलन विश्व भोजपुरी सम्मेलन संस्था के राष्ट्रीय अध्यक्ष आ भोजपुरी समाज दिल्ली के अध्यक्ष अजीत दूबे.

मौका रहल भोजपुरी पत्रिका पाती के सउवाँ अंक के प्रकाशन के उपलब्धि आ भोजपुरी सेवा खातिर पाती पत्रिका के प्रकाशक आ संपादक डॉ अशोक द्विवेदी के सम्मान के. उनुकर अभिनन्दन करत विश्व भोजपुरी सम्मेलन के अंतर्राष्ट्रीय महामंत्री अरुणेश नीरन कहलन कि पाती के सउवाँ अंक के प्रकाशित भइल एगो प्रेरणादायक उपलब्धि बा. पाती के दू दर्जन से अधिका विशेषांक दस्तावेज का तरह सरिहा के राखे जोग बाड़ी सँ.

पाती पत्रिका के प्रकाशक आ संपादक डॉ अशोक द्विवेदी अपना सम्मान के आभार जतावत कहलन कि पाती पत्रिका का जरिए भोजपुरी समाज, संस्कृति, साहित्य के जन जन ले चहुँपावे के भरसक कोशिश करत आइल बाड़न आ आगहूँ आपन ई कोशिश जारी रखीहन.

सम्मान समारोह के समापन भोजपुरी गायक गजाधर ठाकुर भोजपुरी में लिखाइल आ आजादी का लड़ाई का समय से एक तरह से राष्ट्रगान जइसन सम्मान पवले बटोहिया गीत गा के कइलन.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..