भोजपुरी में आलोचना के किताब के विमोचन आ ओकरा पर बतकही

भोजपुरी के मशहूर आ प्रतिष्ठित लिखनिहार डॉ अशोक द्विवेदी जी के लिखल किताब “भोजपुरी रचना आ आलोचना” के विमोचन 29 अक्टूबर 2019, मंगल का दिने दिल्ली में साहित्य अकादेमी के सभागार में होखे जा रहल बा.

फिरोजशाह मार्ग पर बनल रवीन्द्र भवन के एह सभागार के तीसरा माला पर मौजूद कान्फ्रेन्स हॉल में होखे वाला एह बइठकी के अध्यक्षता पुरनिया लिखनिहार आ साहित्य अकादेमी के अध्यक्ष रह चुकल आचार्य विश्वनाथ प्रसाद तिवारी करब.

“समकालीन भारतीय साहित्य” के सम्पादक डॉ ब्रजेन्द्र त्रिपाठी, दिल्ली विश्वविद्यालय के प्राध्यापक आ मशहुर लिखनिहार डॉ अल्पना मिश्र, साहित्य अकादेमी के सदस्य अजित दूबे, साहित्य अकादेमी के सम्पादक कुमार अनुपम आ इग्नू में कार्यरत विचारक आ लिखनिहार डॉ सुशील कुमार तिवारी एह बइठकी में आपन राय विचार रखिहें आ बतकही में शामिल होखिहें.

“पाती रचना मंच” सगरी भोजपुरी प्रेमियन के एह कार्यक्रम में पधारे के नेवतले बिया. आशा बा कि कार्यक्रम सफलता से पूरा होखी आ भोजपुरी रचना पर आलोचना के एगो पोढ़ किताब से भोजपुरी के प्रभाव अउरी गाढ़ होखी.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..