भोजपुरी में फूहड़पन का खिलाफ ब्लैक मार्च

black-marchभोजपुरी में बढ़ रहल अश्लीलता आ फूहड़पन के खिलाफ एगो ब्लैक मार्च अगिला महीना अतवार के पटना में निकालल जाई. ब्लैक मार्च के शुरूआत गाँधी मैदान से होखी आ श्रीकृष्ण मेमोरियल हॉल होत लगभग डेढ़ किलोमीटर के दुरी तय कइला के बाद कारगिल चौक पर अश्लील एल्बम आ फूहड़ गायकन के पुतला जरवला का बाद एगो सभा में तब्दील हो जाई. एह ब्लैक मार्च के आयोजन “बिहार यूथ ब्रिगेड” नाम के संगठन कइले बा आ उमेद बा कि हजार से अधिका नवही एह मार्च में जुटीहें.

ब्लैक मार्च के फेसबुक पेज


(Source : बिहार यूथ ब्रिगेड के प्रदेश कार्यकारिणी सदस्य ई० रत्नेश रमण पाठक)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..